AZRE
15.31
+0.31
+2.07%
 
RDY
36.44
-0.01
-0.03%
 
HDB
95.27
+0.67
+0.71%
 
IBN
7.94
-0.38
-4.57%
 
INFY
14.58
+0.12
+0.83%
 
MMYT
25.55
-0.3
-1.16%
 
SIFY
1.64
-0.02
-1.20%
 
TTM
32.86
+0.04
+0.12%
 
VDTH
8.46
+0.1
+1.20%
 
WIT
5.38
+0.01
+0.19%
 
WNS
37.38
-0.07
-0.19%
 
YTRA
9.841
-0.159
-1.590%
 
AZRE
15.31
+0.31
+2.07%
 
RDY
36.44
-0.01
-0.03%
 
HDB
95.27
+0.67
+0.71%
 
IBN
7.94
-0.38
-4.57%
 
INFY
14.58
+0.12
+0.83%
 
MMYT
25.55
-0.3
-1.16%
 
SIFY
1.64
-0.02
-1.20%
 
TTM
32.86
+0.04
+0.12%
 
VDTH
8.46
+0.1
+1.20%
 
WIT
5.38
+0.01
+0.19%
 
WNS
37.38
-0.07
-0.19%
 
YTRA
9.841
-0.159
-1.590%
 

वसूली के आरोप में तीन पुलिसकर्मचारी गिरफ्तार, दारोगा फरार

पटना : राजधानी पटना में तीन पुलिसकर्मचारी के घुस लिहला के आरोप में गिफ्तार क लिहल गईल। शहर के गांधी मैदान इलाका में तैनात पुलिसकर्मचारी गश्ती के समय भ्रष्टाचार करे के आरोप लागल बा।

बतावल जाता कि गांधी मैदान थाना के दारोगा विद्यानंद यादव अवुरी दु सिपाही मो. नौशाद आलम अवुरी मोती राम आ चालक विरेंद्र कुमार गश्ती के दौरान फल बेचेवाला से जबर्दस्ती पईसा वसूली करत रहले।

फल बेचेवाला (धीर कुमार) जब घटना के जानकारी पुलिस कप्तान मनु महाराज के देलस तब जांच शुरू भईल। दोषी पावल गईल आरोपी सिपाही मोती राम अवुरी नौशाद आलम समेत चालक विरेंद्र कुमार के गिरफ्तार क जेल भेज दिहल गईल। जबकि आरोपी दारोगा भागे में सफल रहले।

एसएसपी मनु महाराज कहले कि खाकी वर्दी प दाग लगावे वाला पुलिसकर्मचारी के कवनों हाल में छोड़ल ना जाई। फरार दारोगा के तलाश कईल जाता। पटना पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी मामला के खुद जांच करतारे। पुलिस विभाग के कार्रवाई के बाद पुलिस विभाग में खलबली मचल बा।

बतावल जाता कि पुनाईचक के रहेवाला सुधीर कुमार सब्जी अवुरी फल बेचत रहे। सोमवार के रात में उ बख्तियारपुर से पिकअप वैन प सब्जी-फल लेके आईल रहे। चिरैयाटांड पुल के नीचे एगो होटल में खाना खईला के बाद जब उ गाड़ी में बईठे लागल, एही बीच मोती राम अवुरी नौशाद ओकरा भीरी आके ओकरा के पीछे से पकड़ लिहले।

पुलिसकर्मचारी फल बेचेवाला के गरियावत ओकरा से रुपया के मांग करत ताबड़तोड़ पीटे लगले। संगही शराब चाहे हथियार बरामद कईला के झूठ मामला में फंसावे के धमकी देवे लगले। जब सुधीर के नजर सड़क किनारा अंहरिया में खड़ा पुलिस जीप प पड़ल त उ जेब से 150 रुपया निकाल के दे देलस। ओकरा बादों नौशाद ओकर हाथ पकड़ लिहले अवुरी मोती राम जेब के तलाशी लेवे लगले। पैंट के जेब में 2150 रुपया रहे, जवन के दुनों सिपाही लूट लिहले।

सुधीर के मुताबिक समूचा पईसा लूटईला के बाद ओकरा भीरी घर जाए खाती एको रुपया ना बाचल रहे। उ सिपाही के पीछे-पीछे जीप के भीरी पहुंचल। जीप में चालक अवुरी दारोगा विद्यानंद यादव बईठल रहले। जब सुधीर भाड़ा खाती 50 रुपया दारोगा से मंगलस त उ भड़क उठले।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

error: Content is protected !!