AZRE
15.31
+0.31
+2.07%
 
RDY
36.44
-0.01
-0.03%
 
HDB
95.27
+0.67
+0.71%
 
IBN
7.94
-0.38
-4.57%
 
INFY
14.58
+0.12
+0.83%
 
MMYT
25.55
-0.3
-1.16%
 
SIFY
1.64
-0.02
-1.20%
 
TTM
32.86
+0.04
+0.12%
 
VDTH
8.46
+0.1
+1.20%
 
WIT
5.38
+0.01
+0.19%
 
WNS
37.38
-0.07
-0.19%
 
YTRA
9.841
-0.159
-1.590%
 
AZRE
15.31
+0.31
+2.07%
 
RDY
36.44
-0.01
-0.03%
 
HDB
95.27
+0.67
+0.71%
 
IBN
7.94
-0.38
-4.57%
 
INFY
14.58
+0.12
+0.83%
 
MMYT
25.55
-0.3
-1.16%
 
SIFY
1.64
-0.02
-1.20%
 
TTM
32.86
+0.04
+0.12%
 
VDTH
8.46
+0.1
+1.20%
 
WIT
5.38
+0.01
+0.19%
 
WNS
37.38
-0.07
-0.19%
 
YTRA
9.841
-0.159
-1.590%
 

पति से अलग रहत महिला के गर्दन दबा के हत्या, लाश खेत से बरामद

बिहार के गोपालगंज जिला में एगो महिला के हत्या कईला के बाद लाश के धान के खेत में फेंक दिहल गईल। मंगलवार के सबेरे खेत में पड़ल महिला के लाश देख के ग्रामीण एकर सूचना पुलिस के दिहले। पुलिस मौका प पहुँच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती सदर अस्पताल भेज देलस।

बतावल जाता कि बरौली प्रखंड के माधोपुर उपथाना क्षेत्र के गिरी टोला में मरेवाली महिला के गर्दन प दाग आ माथा प खरोंच के निशान पड़ल बा। मरेवाली महिला के लाश के भीरी से आपत्तिजनक सामान बरामद भईल बा।

मरेवाली महिला राजकुमारी देवी के पति रविंद्र गिरि गुजरात में काम करेले। शुरवाती जांच में पुलिस के पाता चलल बा कि राजकुमारी के उनुका पति के संगे झगड़ा चलत रहे। जवना चलते उनुकर पति अलग रहत रहले। पुलिस राजकुमारी के दुनों बच्चा से भी पूछताछ करतीया।

जानकारी के मुताबिक माधोपुर उपथाना क्षेत्र के गिरी टोला निवासी रवीन्द्र गिरी पछिला तीन महीना से गुजरात में बाड़े। उ उहां काम करेले। उनुकर पत्नी राजकुमारी देवी (31 साल) आपन 12 साल के बेटा आ आठ साल के बेटी के संगे घर में अकेले रहत रही। हालांकि महिला के हत्या अवैध संबंध के चलते होखे के आशंका जतावल जाता। पुलिस मामला के जांच पड़ताल करतिया।

बतावल जाता कि डुमरी शाह के टोला के रविंद्र गिरि अपना सरहज से बियाह क लेले रहले। जेकरा बाद राजकुमारी अवुरी उनुका पति के बीच हमेशा अनबन रहत रहे। दुनों के बीच कवनो ना कवनो बात से जुड़ल लड़ाई-झगड़ा होखत रहे।

मरेवाली महिला के 9 साल के बेटा के मुताबिक जब घर के सभे लोग सुत गईले तब ओकर चाचा अवुरी चाची अईले अवुरी मां के गला में फांसी लगा के ओकर हत्या क दिहले अवुरी लाश के खेत में फेक दिहले।

हालांकि पुलिस ए मामला के दोसरा पहलू से जोड़ के देखतीया। पुलिस सूत्र के मुताबिक मरेवाली महिला के पति पहिले से अपना सरहज संगे घर छोड़ के भाग गईल बा। उ घटना से पहिले से गोरखपुर में रहता।

पुलिस सूत्र के मुताबिक मरेवाली महिला के पति अपना दूसरी पत्नी के संगे घर में संगे राखे खाती दबाव बनावत रहे, ए चलते हत्या में नाबालिग बच्चा के बयान से अलग पुलिस दूसरा पहलु प भी छानबीन करतीया। घटना के बाद मरेवाली महिला के परिवार घर छोड़ के फरार बाड़े।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

error: Content is protected !!